Friday, April 19, 2024
Homeराजनीतिपश्चिम बंगाल में अमित शाह के रैली आज , योगी के नहीं...

पश्चिम बंगाल में अमित शाह के रैली आज , योगी के नहीं मिलल रैली कईले के अनुमति

पश्चिम बंगाल में रैली कईला के इजाजत ना मिलले के बावजूद भाजपा अध्यक्ष अमित शाह आज कोलकाता में रोड शो करीहे। सोमवार के उनके जाधवपुर में हेलिकॉप्टर उतरले के इजाजत नाही मिलल रहल। उनकर तीन रैली होये के रहल जेके रद्द कई दिहल गईल। एकरे बाद अमित शाह जाय नगर में जनसभा कईले रहले अउर मुख्यमंत्री ममता बनर्जी पर निशाना सधले कि – दीदी कहेली कि बंगाल में जय श्रीराम नाहीं बोलल जा सकला । हम जय श्रीराम बोल रहल बानी अउर एहा से कोलकाता जाये वाला बानी । दीदी के हिम्मत होखे त गिरफ्तार कई ले ।
बंगाल में योगी आदित्यनाथ के रैली कईले के अनुमति के भी रद्द कई दिहल गईल बा। पार्टी के वरिष्ठ नेता सोमवार के एकर सुचना दिहले । बतौले कि 15 मई के योगी दक्षिण पश्चिम कोलकाता में बेहाला इलाके में जेम्स लाग सारानी में रैली करे वाला रहले । प्रशासन एकर पहिले इजाजत दे दिहले रहल , लेकिन सोमवार के एके वापस ले लिहल गईल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments