Friday, March 29, 2024
Homeराजनीतियूपी में महागठबंधन भईल फेल , मोदी के चलल फिर से...

यूपी में महागठबंधन भईल फेल , मोदी के चलल फिर से जादू

लोकसभा चुनाव 2019 में एक बार फिर से मोदी लहर देखेके मिलत बा | महागठबंधन के सारा सपना टूटत दिखाई देत बा | यूपी में लोकसभा के सब सीट पर मतगणना चल रहल बा | काशी से पीएम मोदी आगे चल रहल बाने | ओहि अमेठी में राहुल गांधी , स्मृति ईरानी से पीछे दिखाई देत बाने | यूपी में बीजेपी गठबंधन 54, महागठबंधन 24 अउर कांग्रेस 2 सीट पर आगे चल रहल बा |

UP के वाराणसी, अमेठी, रायबरेली, आजमगढ़, गाजीपुर,लखनऊ के सीट पर सबकर ध्यान हवे | वाराणसी में यह बार नरेंद्र मोदी के गठबंधन प्रत्याशी सपा के शालिनी यादव अउर कांग्रेस के अजय राय केतना टक्कर दे पावले इ दिलचस्प रही | स्मृति ईरानी अबकी बार राहुल गांधी के कड़ी चुनौती दिखयी देत बानी | वहीं आजमगढ़ से सपा प्रमुख अखिलेश यादव आगे चल रहल बाने और बीजेपी उम्मीदवार दिनेश लाल यादव ( निरहू ) पीछे दिखाई देत बाने |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments