Friday, April 19, 2024
Homeव्यापारलोकसभा चुनाव के बाद शेयर बाजार में उछाल के बाद सेंसेक्स में...

लोकसभा चुनाव के बाद शेयर बाजार में उछाल के बाद सेंसेक्स में 383 अंक के गिरावट

शेयर बाजार में मंगलवार के काफी उतर चढ़ाव देखे के मिलल | लोकसभा चुनाव बाद पहिले शेयर बाजार में उछाल देखे के मिलल ओकरे बाद सेंसेक्स 382.87 अंक के गिरावट के साथ 38,969.80 पर बंद भईल। कारोबार के दौरान 219 अंक चढ़िके 39,571.73 के रिकॉर्ड उच्च स्तर तक पहुँच गईल रहल। निफ्टी 119.15 प्वाइंट नीचे 11,709.10 बंद भइल ।पहिले दुनो के स्तर में उछाल ओकरे बाद गिरावट देखे के मिलल।
एनएसई के कुल्हि 11 सेक्टर इंडेक्स नुकसान में रहले । सेंसेक्स के 30 में से 27 अउर निफ्टी के 50 में से 43 शेयर गिरावट के साथ बंद भईल । मारुति और इंडसइंड बैंक 3-3 फीसदी लुढ़क गईले । टाटा मोटर्स 7% नुकसान में रहल।
कारोबारी लोगन के कहनाम बा कि भले ही ऊपरी स्तर से मुनाफावसूली भईल लेकिन चुनाव के नतीजा एग्जिट पोल के मुताबिक रहल तब बाजार में रैली जारी रह सकेला । रविवार के एग्जिट पोल में एनडीए के बहुमत मिलला से सोमवार के सेंसेक्स 1422 और निफ्टी 421 अंक के बढ़त के साथ बंद भईल रहल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments