Wednesday, April 24, 2024
Homeस्पोर्ट्ससचिन तेंदुलकर कहलें - धोनी के नंबर-5 पर बल्लेबाजी करके चाही

सचिन तेंदुलकर कहलें – धोनी के नंबर-5 पर बल्लेबाजी करके चाही

इंग्लैंड में आईसीसी क्रिकेट विश्व कप शुरू होवे जात बा जेके केवल एक सप्ताह बचल बा | भारत के पूर्व ओपनर दिग्गज बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर धोनी के बारे में कहले कि धोनी के नंबर – 5 पर बल्लेबाजी करे के आवे के चाही जेहसे फील्ड के मिजाज के उ आराम से समझ सके | इ तेंदुलकर के आपन निजी राय हवे | 2 बार के क्रिकेट चैंपियन भारत के पहिला मैच डिविलियर्स के टीम साऊथ अफ्रीका से 5 जून के हवे |

उ कहले कि , “धोनी के बाद पॉवर हिटर हार्दिक पांड्या के बल्लेबाजी के खातिर आवे के चाही | धोनी मैच के अंत तक ले जा सकेलें अउर अंतिम समय में पांड्या के साथ विस्फोटक बल्लेबाजी भी कई सकेलें ” नंबर चार खातिर कहले की कउनो योग्य बल्लेबाज के उतारे के चाही | अगर शिखर धवन अउर रोहित शर्मा के साथ पारी के शुरुआत करत बाने अउर विराट कोहली नंबर तीन पर आवत बाने तब नंबर चार पर कउनो भी खिलाड़ी आवे , लेकिन धोनी के नंबर पांच पर बल्लेबाजी करके के उतरे के चाही |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments