Saturday, April 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणझारखंड में नक्सली हमला में CRPF के 15 जवान भईले घायल

झारखंड में नक्सली हमला में CRPF के 15 जवान भईले घायल

झारखंड के सरायकेला में नक्सली मंगलवार के बड़ घटना के अंजाम दिहले | एहा कुचाई इलाके में 209 कोबरा बटालियन अउर झारखंड पुलिस पर नक्सली लोग बम से धमाका कईले | सुरक्षा बल अउर पुलिस के दस्ता स्पेशल ऑपरेशन पर रहल | एह बीच आईईडी धमाका धमाका भईल कोबरा बटालियन अउर झारखंड पुलिस के 15 जवान घायल हो गईले | हालत गंभीर भईला से जवान लोगन के हेलीकाप्टर से अस्पताल पहुचावल गईल | जउना इलाके में CRPF जवान पर हमला भईल ओह इलाके में चुनाव के एक दिन बाद भी हमला हो चुकल बा |

भाकपा माओवादी के सुप्रीमो नंबला केशवराव उर्फ बसवाराज झारखंड में संगठन के मजबूत कईला खातिर सरायकेला-खरसांवा के इलाके में बैठक करा चुकल बा | मिलिट्री कमीशन में अनल के प्रमोशन दिहल गईल बा अनल वर्तमान में 15 लाख के ईनामी महाराज प्रमाणिक अउर दस लाख के ईनामी अमित मुंडा के साथ इलाका में कैंप कर रहल बा | एही नक्सली के ओर से एह इलाका में पुलिस पर लगातार हमला कईल जा रहल बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments