Saturday, April 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणसूरत के कोचिंग काम्प्लेक्स में आग लगला से 20 छात्र के ...

सूरत के कोचिंग काम्प्लेक्स में आग लगला से 20 छात्र के भईल दर्दनाक मौत

सूरत के कोचिंग काम्प्लेक्स में आग लगला से 20 छात्र के दर्दनाक मौत हो गईल | कोचिंग अवैध रूप से चल रहल , जउने काम्प्लेक्स में आग लागल रहे उ गैरकानूनी तरीका से बनावल गईल रहल | एह फ्लोर के छत के फाइबर से बनावल गईल रहल | कई छात्र जान बचावे के खातिर चौथी मंजिल से भी छलांग लगउले | एह मामले में सरथाना पुलिस स्टेशन में एफआईआर दर्ज भईल | आईपीसी के धारा 304-बी के तहत मामला दर्ज कई लिहल गईल बा | मामले के जाँच खातिर सूरत क्राइम ब्रांच के एसीपी के सौपल गईल बा |

सूरत के सरथाना स्थित तक्षशिला कॉम्प्लेक्स में कोचिंग सेंटर भी चलत रहे , जेहमे रोजाना के तरह से शुक्रवार के भी छात्र लोग पढ़े खातिर आयिल रहले | लेकिन ओह लोगन के थोड़ा भी नाही पता रहल की कुछ ही देर में आग लगे वाला जेहसे ओह लोगन के दर्दनाक मौत हो जाई | एह घटना के वीडियो भी तेजी से वायरल हो रहल जेहमे, साफ दिखाई देत बा कि कई छात्र घबराहट से बिल्डिंग से छलांग लगावत बाने | आग एतना भयंकर लागल रहे कि ओके बुझावे के खातिर 19 दमकल गाड़ियों के लगावे के पड़ गईल |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments