Friday, April 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणलोकसभा चुनाव नतीजा के बाद त्रिपुरा-बंगाल में भईल हिंसा , हिंसा...

लोकसभा चुनाव नतीजा के बाद त्रिपुरा-बंगाल में भईल हिंसा , हिंसा में 150 से ज्यादा घायल

लोकसभा चुनाव के नतीजा सामने अईले के बाद बंगाल अउर त्रिपुरा में हिंसा समाप्त नाही होत बा | पिछले 3 दिन से दुनो राज्यों के कई शहर में हिंसक घटना जारी बा। एह दौरान दो भाजपा कार्यकर्ता के हत्या भी कई दिहल गईल । दुनो राज्य में झड़प के दौरान करीब 150 से ज्यादा लोग घायल हो गईले । बंगाल भाजपा तृणमूल समर्थक लोगन पर हिंसा के आरोप लगौले | कहले कि जे जइसन करि ओके ओहि तरीके से जवाब मिली । उधर त्रिपुरा सीएम बिप्लव कुमार देव कहले कि चुनाव नतीजा सामने अईला के बाद हिंसा वाम दल लेके आयिल बा । लेकिन, हम चेतावनी देत हई कि कानून हाथ में लेवे वालन के कड़ी से कड़ी सजा मिली ।

पश्चिम बंगाल के नादिया जिले में शुक्रवार के रात में अज्ञात हमलावर गोली मारके भाजपा कार्यकर्ता के हत्या कइ दिहले । घटना शुक्रवार रात के रात में चकदाह इलाके में भईल । 25 साल के संतु घोष कुछ दिन पहिले ही तृणमूल के साथ छोड़ के भाजपा में शामिल भईल रहले । भाजपा नेता लोग ने ममता बनर्जी के पार्टी तृणमूल कांग्रेस पर हत्या करौले के आरोप लगाउले बाने । लोकसभा चुनाव नतीजा के बाद बैरकपुर सीट के कई शहर में हिंसा भइल । धमाके में एक व्यक्ति के जान भी गईल।
भाजपा प्रदेश अध्यक्ष दिलीप घोष तृणमूल कार्यकर्ता पर हिंसा फइलवले के आरोप लगउले बाने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments