Saturday, April 20, 2024
Homeव्यापारशेयर बाजार में उछाल , सेंसेक्स में भईल 387...

शेयर बाजार में उछाल , सेंसेक्स में भईल 387 अंक के बढ़त

शेयर बाजार में उतार-चढ़ाव भरा देखे के मिल रहल बा ।लोकसभा चुनाव परिणाम बाद आज फिर से शेयर बाजार में उछाल देखे के मिलल | सेंसेक्स 101 अंक के बढ़त के साथ 39,536.23 के स्तर से शुरुआत कईले । कारोबार के दौरान 387 प्वाइंट के तेजी के साथ 39,821.94 अंक तक पहुंच गईल । निफ्टी ने 11 अंक के बढ़त के साथ 11,855.50 पर कारोबार शुरू कईले 113 अंक के तेजी के साथ 11,957.15 के उच्च स्तर पर पंहुचल |

सेंसेक्स के 30 में 21 अउर निफ्टी के 50 में से 27 शेयर में बढ़त दर्ज कईल गईल । बीएसई पर एनटीपीसी में 4% अउर टाटा स्टील के शेयर में 5.5% उछाल आयिल। एसबीआई में 2% बढ़त दर्ज कईल गईल । ओहि दूसरे ओर भारती एयरटेल के शेयर 1.5% अउर इंडसइंड बैंक करीब 1% लुढ़क गइल। रिलायंस, ओएनजीसी अउर एशियन पेंट्स में 0.5 से 1 फीसदी तक गिरावट दर्ज कईल गइल ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments