Friday, April 19, 2024
Homeटेक्नोलॉजीइंफिनिक्स S4 भईल लॉन्च

इंफिनिक्स S4 भईल लॉन्च

हांगकांग कंपनी इंफिनिक्स भारतीय बाजार में आपन नए बजट स्मार्टफोन इंफिनिक्स S4 को लॉन्च के लॉन्च कई दिहले बा । कंपनी के कहला अनुसार इ बाजार में मौजूद अत्यधिक अफोर्डेबल स्मार्टफोन बाने जेहमे 32 मेगापिक्सल के सेल्फी कैमरा बा । स्मार्टफोन के कीमत 8999 रुपए बा । एहकर बिक्री 28 मई से शुरू होइ जेके फ्लिपकार्स से खरीदल जा सकी। कंपनी सबसे पहिले एके नाइजीरिया में लॉन्च कईले रहल ।
कंपनी नेबुला ब्लू, ट्विलाइट पर्पल अउर स्पेस ग्रे रंग में लॉन्च कईले बा । फोन में 6.21 इंच का आईपीएस टीएफटी डिस्प्ले बा जेकर रेजोल्यूशन 1520*720 पिक्सल हवे । प्रोसेसिंग पावर के खातिर स्मार्टफोन में ऑक्टा-कोर मीडियाटेक हीलियो पी22 प्रोसेसर लगावल गईल बा । एहमे 3GB रैम अउर 32GB का स्टोरेज मिलत बा ।फोन में 4,000mAh के बैटरी बाने कंपनी के दावा बा कि इ 26 दिन के स्टैंडबाय टाइम देई

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments