Friday, March 29, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणCBSE 12वीं रिजल्ट घोसित हंसिका शुक्ल पहिले स्थान पर

CBSE 12वीं रिजल्ट घोसित हंसिका शुक्ल पहिले स्थान पर

सेंट्रल बोर्ड ऑफ सेकेंडरी एजुकेशन (सीबीएसई) ने क्लास 12वीं परीक्षा के रिजल्ट घोषित कई दिहले बा | एक बार फिर लड़की लोगन अव्वल बानी | हंसिका शुक्ला अउर करिश्मा अरोड़ा संयुक्त रूप से पहिले स्थान पर काबिज बानी |

हंसिका शुक्ला पॉलिटिकल साइंस, हिस्ट्री, साइकोलॉजी और वोकल म्यूजिक विषय में 100 में 100 अंक मिलल बा जबकि अंग्रेजी में 100 में से 99 अंक मिलल बाने |
हंसिका बतवली कि उ अपने माता-पिता के साथ घर में ही रही के पढ़ायी करात रहे | उनकर मा उनके साइकॉलजी और पिता पॉलिटिकल साइंस पढ़ावत रहे | हंसिका शुक्ला फॉरेन सर्विस बनल चाहत बानी |

सीबीएस 12वीं के परीक्षा में एह बार कुल 83.4 फीसदी छात्र पास भईल बाने | क्षेत्र अनुसार 98.4 फीसदी छात्र सबसे अधिक त्रिवेंद्रम से पास बाने | चैन्नई क्षेत्र से 92.93 फीसदी के साथ एह बार दूसरे स्थान तथा 91.87 फीसदी के साथ दिल्ली रीजन तीसरे स्थान पर बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments