Friday, April 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणदिल्ली के CM अरविन्द केजरीवाल के नया धमाका

दिल्ली के CM अरविन्द केजरीवाल के नया धमाका

दिल्ली के CM अरविंद केजरीवाल विधानसभा चुनाव के मद्देनजर सोमवार के बड़ा ऐलान करते हुए महिला लोगन के खातिर मेट्रो अउर डीटीसी बस में फ्री यात्रा करौले के तोहफा दिहले बाने | महिला लोगन के फ्री यात्रा कईले पर डीएमआरसी के हॉवे वाले नुकसान के भरपाई दिल्ली सरकार करी |
महिला लोगन के सुरक्षा के मद्देनजर एहकर फैसला CM केजरीवाल लिहले हवे | बस अउर मेट्रो में कुल यात्री में 33 फीसदी महिला होली | एकरे मुताबिक मेट्रो में महिला लोगन के मुफ्त यात्रा पर करीब एक हजार करोड़ प्रतिवर्ष के खर्च आयी जबकि करीब 200 करोड़ रुपये के खर्च बस के लेके आयी | महिला लोगन के खातिर दिल्ली मेट्रो अउर डीटीसी की बस में एह योजना के लागु कईला में सरकार पर प्रतिवर्ष करीब 1200 करोड़ रुपये के बोझ पड़ी |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments