Thursday, April 18, 2024
Homeराजनीतिओम प्रकाश राजभर के कैबिनेट से बाहर कईले सीएम योगी, राजभर...

ओम प्रकाश राजभर के कैबिनेट से बाहर कईले सीएम योगी, राजभर कहले – निर्णय के स्वागत बा !

लोकसभा चुनाव ख़त्म होते ही उत्तरप्रदेश के मुख़्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपने कैबिनेट में बड़ा फैसला लिहले बाने | अपने कैबिनेट से सुभासपा अध्यक्ष ओम प्रकाश राजभर के बाहर कई दिहले बाने | मुख़्यमंत्री योगी आदित्यनाथ यूपी के राज्यपाल राम नाइक से पिछड़ा वर्ग कल्याण और दिव्यांग जन कल्याण मंत्री के जल्दी बर्खास्त कईले का सिफारिश कईले रहले | एह सिफारिश के राज्यपाल कई लिहले बाने |

मुख्यमंत्री कार्यालय से ट्वीट कई के एह बात के जानकारी दिहले | ट्वीट में लिखल गईल बा – आज #UPCM @myogiadityanath जी महामहिम श्री राज्यपाल के पिछड़ा वर्ग कल्याण और दिव्यांग जन कल्याण मंत्री ओमप्रकाश राजभर के मंत्रिमंडल से तत्काल प्रभाव से बर्खास्त कईले के सिफारिश कईले |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments