सूरत के कोचिंग काम्प्लेक्स में आग लगला से 20 छात्र के दर्दनाक मौत हो गईल | कोचिंग अवैध रूप से चल रहल , जउने काम्प्लेक्स में आग लागल रहे उ गैरकानूनी तरीका से बनावल गईल रहल | एह फ्लोर के छत के फाइबर से बनावल गईल रहल | कई छात्र जान बचावे के खातिर चौथी मंजिल से भी छलांग लगउले | एह मामले में सरथाना पुलिस स्टेशन में एफआईआर दर्ज भईल | आईपीसी के धारा 304-बी के तहत मामला दर्ज कई लिहल गईल बा | मामले के जाँच खातिर सूरत क्राइम ब्रांच के एसीपी के सौपल गईल बा |
सूरत के सरथाना स्थित तक्षशिला कॉम्प्लेक्स में कोचिंग सेंटर भी चलत रहे , जेहमे रोजाना के तरह से शुक्रवार के भी छात्र लोग पढ़े खातिर आयिल रहले | लेकिन ओह लोगन के थोड़ा भी नाही पता रहल की कुछ ही देर में आग लगे वाला जेहसे ओह लोगन के दर्दनाक मौत हो जाई | एह घटना के वीडियो भी तेजी से वायरल हो रहल जेहमे, साफ दिखाई देत बा कि कई छात्र घबराहट से बिल्डिंग से छलांग लगावत बाने | आग एतना भयंकर लागल रहे कि ओके बुझावे के खातिर 19 दमकल गाड़ियों के लगावे के पड़ गईल |