Friday, April 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणसुरक्षाबल के साथ भईल मुठभेड़ में आतंकी मूसा भईल ढेर

सुरक्षाबल के साथ भईल मुठभेड़ में आतंकी मूसा भईल ढेर

जम्मू-कश्मीर के त्राल में सुरक्षाबल एक बड़ा ऑपरेशन के अंजाम दिहले बाने | सुरक्षा बल मोस्ट वांटेड आतंकी जाकिर मूसा के ढेर कई दिहले बाने | जाकिर मूसा कुख्यात आतंकी संगठन अंसार गजवात उल हिंद के चीफ रहल | आतंकी जाकिर मूसा के सुरक्षा एजेंसि काफी लम्बे समय से तलाश करत रहे | जाकिर मूसा जम्मू-कश्मीर में बुरहान वानी के बाद आतंक का नया पोस्टर ब्वॉय रहल जउन 2017 से पहले हिज्बुल मुजाहिदीन के साथ भी जुड़ल रहल |

मिलल जानकारी के अनुसार आर्मी के 42 राष्ट्रीय राइफल्स, स्पेशल ऑपरेशन ग्रुप अउर सीआरपीएफ के एक टुकड़ी ददसारा गांव में एक ऑपरेशन में दो आतंकी के मार गिरौले , एहमे से एक आतंकी जाकिर मूसा हवे | खबर मिलला पर खुफिया सुरक्षा बल एह दुनो आतंकी के घेर लिहले | सुरक्षा बल जब इनसे सरेंडर करे के कहले तब आतंकी ग्रेनेड से हमला करे लगे | सुरक्षा बल के जवाबी कार्रवाई में जाकिर मूसा मारल गईल |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments