Thursday, March 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपुलवामा में मुठभेड़ में 3 आतंकी भईले ढ़ेर , सुरक्षाबल के एक...

पुलवामा में मुठभेड़ में 3 आतंकी भईले ढ़ेर , सुरक्षाबल के एक जवान शहीद

जम्मू-कश्मीर के पुलवामा के दलीपोरा इलाके में बृहस्पतिवार के सुरक्षाबल 3 आतंकियन के मार गिरौले । एह दौरान एक जवान भी शहीद हो गईल अउर एक नागरिक के मौत हो गईल | मुठभेड़ स्थल पर स्थानिय लोगन द्वारा  प्रदर्शन हो रहल बाने | एह दौरान सुरक्षाबल और स्थानीय लोगन के बीच झड़प भईल | आतंकी एगो घर में छिपल रहले।
सुरक्षाबल के आतंकियन के मौजूदगी के बारे में खुफिया जानकारी मिलल रहे । राष्ट्रीय राइफल (आरआर), केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) और जम्मू-कश्मीर पुलिस के दल अभियान शुरू कईले । एह कार्रवाई के दौरान सुरक्षाबल इलाका से बाहर जाये वाले रास्ता के बंद कई दिहले बाने । जवान लोगन के गांव में पहुंचला पर पहिले आतंकी गोलीबारी शुरू कईले । सुरक्षाबल जवाबी कार्रवाई में 3 आतंकी मार गिरौले । प्रशासन पुलवामा में मोबाइल इंटरनेट सेवा बंद कई दिहले बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments