Saturday, April 20, 2024
Homeराजनीतिअमेरिकी राष्ट्रपति ट्रम्प पीएम मोदी के दिहले जीत के बधाई

अमेरिकी राष्ट्रपति ट्रम्प पीएम मोदी के दिहले जीत के बधाई

अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रम्प फोन कइके प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के लोकसभा चुनाव में ऐतिहासिक जीत के हार्दिक बधाई दिहले । ट्रम्प व्हाइट हाउस में पत्रकार लोगन से कहले कि भारत अउर अमेरिका अपने रिश्ता के अउर आगे बढ़ावल चाहत बाने । मोदी एक महान नेता अउर नेक इंसान हवे । उ हमार दोस्त हवे अउर भारत-अमेरिका के बीच रिश्ता बेहतर हवे । भारत के लोग भाग्यशाली बाने जेके मोदी जइसन प्रधानमंत्री मिलल बा । एहसे पहिले ट्रम्प ट्विटर पर मोदी के बधाई दे चुकल बाने । मोदी के अगुआई में भाजपा 303 सीट जीतके पूर्ण बहुमत के साथ सत्ता में लौटल । दुनिया के कई नेता मोदी के बधाई दे चुकल हवे।

ट्रम्प ने गुरुवार के भी ट्विटर पर प्रधानमंत्री मोदी के बधाई दिहले। ट्रम्प कहले कि मोदी के वापसी से भारत अउर अमेरिकी साझेदारी के खातिर बहुत कुछ अच्छा होवे वाला हवे । एकरे बाद मोदी ट्रम्प के धन्यवाद कहते हुए लिखले कि – इ जीत 1.3 अरब लोगन के देश के आकांक्षा के प्रतिनिधित्व करेला । हम भी आपके साथ द्विपक्षीय संबंध के काम कईला के खातिर उत्सुक बानी , जउन वैश्विक शांति और समृद्धि के खातिर अच्छा हवे ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments