Saturday, April 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणED रॉबर्ट वाड्रा के पूछताछ खातिर बुलौले

ED रॉबर्ट वाड्रा के पूछताछ खातिर बुलौले

लन्दन प्रॉपर्टी मामले में ED एक बार फिर राबर्ट वाड्रा पर शिकंजा कसले बा | वाड्रा से पूछताछ खातिर गुरुवार के बुलवाल गइले , जहां ईडी के टीम वाड्रा से लंदन प्रॉपर्टी अउर उनके करीबी संजय भंडारी के बारे में सवाल करी | ईडी के अनुसार लंदन में खरीदल गईल प्रॉपर्टी के गलत तरीका से खरीदल गइल बा अउर एहमे कालाधन के इस्तेमाल भईल बा |

ऐसे पहिले ईडी दिल्ली हाई कोर्ट से रॉबर्ट वाड्रा के जमानत खारिज कईला के अपील कईले रहल | ईडी के एह अर्जी पर हाई कोर्ट ने रॉबर्ट वाड्रा के नोटिस भी जारी कईले हवे अउर कहले कि राबर्ट वाड्रा की जमानत रद्द कइ दिहल जाय | ईडी के तरफ से कोर्ट में कहल गईल बा कि रॉबर्ट वाड्रा इ बात जानत बाने की उनकर गिरफ्तारी नाही कईल जा सकला एहीसे उ कउनो सवाल के उत्तर नाही देत बाने | अयीसन में उनकर जमानत खारिज भईल जरूरी बा , काहे कि ईडी उनके हिरासत में लेकर पूछताछ कईल चाहत बा | एह तमाम दलील पर सुनवाई के बाद कोर्ट वाड्रा के नोटिस भेजते हुए केस के अगली सुनवाई के खातिर 17 जुलाई के दिन तय कईल गईल बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments