Friday, March 29, 2024
Homeमनोरंजनभोजपुरी सिनेमाअजय देवगन के पिता वीरू देवगन के मौत से फिल्म इंडस्ट्रीज शोक...

अजय देवगन के पिता वीरू देवगन के मौत से फिल्म इंडस्ट्रीज शोक में डूबल

अजय देवगन के पिता वीरू देवगन के मौत से फिल्म इंडस्ट्रीज शोक में डूबल बा | आज अजय देवगन के पिता वीरू देवगन का मुंबई में निधन हो गईल | उनकर 85 साल के उम्र में निधन भईल | वीरू देवगन काफी लम्बा समय से बीमार चलत रहले | मुंबई में शाम 6 बजे उनकर अंतिम संस्कार कईल गईल | एह दौरान शाहरुख खान, संजय दत्त, अभिषेक बच्चन सहित बॉलीवुड के कई दिग्गज सितारा मौजूद रहल |
आपके बता दिहल जा कि तबियत ज्यादा खराब भईला के बाद कल सुबह वीरु देवगन के मुंबई के सुर्या अस्पताल में भर्ती करावल गइल | लेकिन उनके बचावल ना जा सकल . कार्डियक अरेस्ट के वजह से उनकर निधन हो गईल | बेटा अजय देवगन उनके अर्थी के कंधा दिहले अउर मुखाग्नि भी उहे दिहले | एह दुख के घड़ी में अजय देवगन के साथ देवे के खातिर बॉलीवुड के कई दिग्गज पहुँचले | अभिनेता संजय दत्त,सनी देओल अउर बॉबी देओल तथा अभिषेक बच्चन और ऐश्वर्या राय बच्चन , शरुखखान आदि दिग्गज अभिनेता अजय देवगन के घर के बाहर नज़र अईले .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments