Friday, April 19, 2024
Homeराजनीतिलोकसभा के चौथा चरण के मतदान आज यूपी में हमीरपुर और...

लोकसभा के चौथा चरण के मतदान आज यूपी में हमीरपुर और कन्नौज में EVM भईल खराब

उत्तर प्रदेश में सुबह 9 बजे तक कुल 7.40 फीसदी मतदान भईल | लोकसभा के चौथा चरण के मतदान में  यूपी में हमीरपुर और कन्नौज में EVM खराब भईले के सूचना  बाने | एह चरण में शाहजहांपुर, खीरी, हरदोई, मिश्रिख, उन्नाव, फर्रुखाबाद, इटावा, कन्नौज, कानपुर, अकबरपुर, जालौन, झांसी और हमीरपुर सीटों के लिये मतदान हो रहल बाने | एह चरण में कुल 152 प्रत्याशी चुनावी मैदान में आपन किस्मत आजमवत बाने |

एह चरण के ख़ातिर  प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, बसपा प्रमुख मायावती, सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव तथा अन्य राजनीतिक दिग्गज लोग बहुते रैली कइले बाने  |

चौथे चरण में जिन सीटन प चुनाव हो रहल बा , ओमे से वर्ष 2014 के पिछले लोकसभा चुनाव में कन्नौज के छोड़ के बाकी सबन सीटी पर भाजपा के प्रत्याशियन जीत हासिल कइले |

इ चरण में चुनाव से गुजर रहल सीटन में से ज्यादातर पर बसपा और सपा का खासा दबदबा मानल जाता . हालांकि वर्ष 2014 के चुनाव में बिल्कुल अलगे तस्वीर सामने आईल और 12 सीटन पर भाजपा के झंडा लहराईल रहे |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments