Thursday, March 28, 2024
Homeटेक्नोलॉजीगूगल Huawei स्मार्टफोन्स से एंड्राइड के कईले बैन , मुश्किल में...

गूगल Huawei स्मार्टफोन्स से एंड्राइड के कईले बैन , मुश्किल में पड़ले करोड़ों यूजर्स

Google अपने मोबाइल ऑपरेटिंग सिस्टम Android के सपोर्ट हुआवे से हटा लिहले बा | एकर वजह अमेरिका अउर हुआवे के बीच चल रहल आपसी कलह बाने | चीनी टेक कंपनी हुआवे के किस्मत एह वक्त गर्दिश में नजर आ रहल बा | खास कर कंपनी के अमेरिका में काफी सेटबैक मिल रहल बा | अमेरिकी सरकार कें इ लागत बा कि चीनी कंपनी हुआवे अमेरिका के जासूसी चीनी सरकार के एजेंट के तौर पर काम कर रहल बा अउर एह वजह से अमेरिकी प्रेसिडेंट डोनल्ड ट्रंप ने हुआवे के खिलाफ कड़ा कदम उठौले बाने |

अमेरिका में हुआवे के पहिले से ही बैन कईले बा , लेकिन अब Google हुआवे से एंड्रॉयड के लाइसेंस कैंसिल कई दिहले बा | हुआवे के नए स्मार्टफोन्स गूगल ऐप्स अउर सर्विस के भी ऐक्सेस नाहीं मिली | एसे हुआवे सहित कंपनी के कस्टमर्स के बड़ा प्रभाव पड़ सकला काहे से कि हुआवे कस्टरमर्स गूगल के बहुत सारा एप्प जईसे – गूगल मैप्स, यूट्यूब, गूगल प्ले स्टोर आदि के उपयोग ना कई पइहे |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments