Tuesday, April 23, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकठुआ रेप-मर्डर केस में पुजारी समेत 6 लोग दोषी

कठुआ रेप-मर्डर केस में पुजारी समेत 6 लोग दोषी

जम्मू-कश्मीर के कठुआ में 8 साल के बच्ची के साथ भईल सामूहिक दुष्कर्म अउर हत्या के मामले में पठानकोट कोर्ट मंदिर के पुजारी सांझी राम समेत 5 आरोपि के दोषी करार दिहले बा । कोर्ट सात आरोपि के खिलाफ सुनवाई कईले रहल । क्राइम ब्रांच ने पिछले साल अप्रैल में सब 8 आरोपि के खिलाफ चार्टशीट दाखिल कईले रहले एहमे से एक आरोपी नाबालिग बा । फैसला के मद्देनजर कठुआ में सुरक्षा बढ़ा दिहल गईल बा |
क्राइम ब्रांच पिछले साल 9 अप्रैल के आरोपियों के खिलाफ चार्जशीट पेश कईले रहले । एकरे अनुसार , पूरे घटनाक्रम के मास्टरमाइंड मंदिर के पुजारी सांझी राम रहल । अपहरण के बाद बच्ची के मंदिर में राखल गइल रहल । कोर्ट सोमवार के सांझी राम के बेटा विशाल दो पुलिस अफसर दीपक खजूरिया अउर सुरेंद्र वर्मा अउर हेड कॉन्स्टेबल तिलक राज के दोषी करार दिहले बा । आज 2 बजे दोषी लोगन के फैसला के सजा सुनावल जाई |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments