Thursday, April 25, 2024
Homeराजनीतिशपथ समारोह में अईले से मना कइलीं ममता बनर्जी

शपथ समारोह में अईले से मना कइलीं ममता बनर्जी

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के शपथ ग्रहण समारोह में अईले से मना कई दिहले बानी । पहिले उ कहली कि एह औपचारिक समारोह में हिस्सा लिहे ममता बुधवार के कहली कि उ शपथ ग्रहण में जाये के मन बना लिहले रहली , लेकिन पिछले कुछ घंटा के दौरान सामने आईल मीडिया रिपोर्ट्स के देखले के बाद उ मन बदल लिहली । ममता कहली कि रिपोर्ट में कहल जा रहल बा कि बंगाल में हिंसा के दौरान 53 लोगन के जान गईल । भाजपा के इ दावा पूरी तरह से गलत हवे। ममता कहली कि – मोदीजी हम माफ़ी चाहत बानी , हम शपथ समारोह में नाहीं आ सकीले ।
केरल के मुख्यमंत्री पी विजयन भी शपथ ग्रहण में शामिल निजी कारणों से मना कई दिहले बाने । PM मोदी बंगाल हिंसा में मारल गइल भाजपा कार्यकर्ता के परिवार के भी शपथ ग्रहण समारोह में शामिल भईले के न्यौता दिहले बाने । पश्चिम बंगाल में मिदनापुर के भाजपा कार्यकर्ता मनु हंसदा के हत्या कई दिहल गईल रहल । मनु का बेटा ने मोदी के शपथ ग्रहण समारोह में शामिल भईले के सवाल पर कहले कि हमरे पिता जी के टीएमसी के गुंडा लोग जान से मार दिहले हम खुश बानी कि हम दिल्ली प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के सपथ ग्रहण समारोह में जा रहल बानी ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments