Thursday, April 25, 2024
Homeराजनीतिममता बनर्जी अमित शाह के हेलीकाप्टर के उतरला के रद्द कईलीन...

ममता बनर्जी अमित शाह के हेलीकाप्टर के उतरला के रद्द कईलीन मंजूरी

छह चरण के मतदान पूरा भईला के बाद भी पश्चिम बंगाल के राजनीती ख़त्म ना होत बाने | तृणमूल कांग्रेस और भारतीय जनता पार्टी के शीर्ष नेता लोगन के बीच जुबानी जंग शुरू हो गईल बा | हेलीकाप्टर के लैंडिंग कईले के अनुमति ना मिलला पर अमित शाह के जाधवपुर के रैली रद्द हो गईल बा |
पश्चिम बंगाल में लोकसभा चुनाव के आखिरी चरण में 9 सीट पर 19 मई के मतदान होएके बा | जेकरे खातिर सोमवार के अमित शाह के तीन रैली के कार्यक्रम तय रहल हवे | लेकिन रैली में , हेलीकाप्टर के उतरला के अनुमति रद्द भईला के बाद भाजपा और तृणमूल कांग्रेस के बीच जुबानी जंग शुरू हो गईल | अनुमाई ना मिलला से ममता के शिकायत चुनाव आयोग से कईले बाने | पहिले भी अमित शाह के अलावा यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के हेलिकॉप्टर के उतरला के अनुमति ना मिलल रहल | साथ ही प्रत्येक चरण के मतदान में हिंसक घटना के लेके बीजेपी , तृणमूल कांग्रेस सरकार पर उंगली उठवले बा | हेलीकाप्टर लैंडिंग के अनुमति ना मिलला से बंगाल के राजनीति अउर गरम हो गईल बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments