Friday, April 19, 2024
Homeस्पोर्ट्सरोमांचक सुपर ओवर मुकाबले में मुम्बई हैदराबाद के हरा पहुँचल प्ले...

रोमांचक सुपर ओवर मुकाबले में मुम्बई हैदराबाद के हरा पहुँचल प्ले ऑफ में

मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में बृहस्पतिवार में खेलल गइल आईपीएल के एगो महत्वपूर्ण मुकबाले में मुम्बइ हैदराबाद के सुपर ओवर में हरा आईपीएल के 12वे संस्करण में प्ले ऑफ में आपन जगह पक्की कई लिहले बा | मुंबई पहिले बल्लेबाजी करत हुए 163 रन के लक्ष्य दिहले | एकरे जवाब में हैदराबाद 6 विकेट के नुकसान पर 162 रन बनौले | मनीष पांडेय अंतिम गेंद पर छक्का मार के मैच के बराबरी पर पहुँचवले |

सुपर ओवर में पहिले बल्लेबाजी करे उतरल हैदराबाद के टीम 8 रन बनौले जवाब में मुम्बइ के टीम बिना विकेट गवौले 9 रन बना प्ले ऑफ में आपन जगह पक्का कई लिहले | चेन्नई और दिल्ली के अलावा प्ले ऑफ में पहुंचे वाली तीसरी टीम हो गईल बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments