Tuesday, April 16, 2024
Homeटेक्नोलॉजीमोदी सरकार जनता के दिहले सस्ते AC के सौगात

मोदी सरकार जनता के दिहले सस्ते AC के सौगात

लोकसभा चुनाव बाद , मोदी सरकार आम जनता खातिर सस्ता AC के सौगात लेके आयिल बा | सस्ते पंखे, एलईडी बल्ब और ट्यूबलाइट के बाद अब मोदी सरकार एह कड़क गर्मी में लोगन के राहत दिलावेके खातिर सस्ते दाम में AC दिहले के तैयारी करत बाने |
अयीसन में उन लोगोन के खातिर खुशखुबरी बा जे महंगा भईला के नाते AC नाहीं खरीद पावलें । मिलल जानकारी के अनुसार सरकार आम जनता के बाजार कीमत से 15 से 30 फीसदी तक सस्ता AC खरीदले के मौका दे सकेले । एके AC सरकारी कंपनी EESL लॉन्च करी ।
कम दाम पर AC ओहि ग्राहक के मिली जेकरे नाम पर बिजली के कनेक्शन होइ | एकरे खातिर बिल दिखावे के पड़ी । इ एसी बिजली के बचत कईले में बाजार में बीके वाला 5 स्टार रेटिंग एसी के मुकाबले कहीं ज्यादा सक्षम होइ । कंपनी अगले साल तक 2 लाख लोगन के AC बेचले के लक्ष्य राखल बा । ऑनलाइन बुकिंग के 24 घंटे के भीतर एसी आपके घर में लगौले के गारंटी हवे। ग्राहक लोगन के जुलाई तक सस्ते में एसी मिलल शुरू हो जाई |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments