Friday, April 19, 2024
Homeव्यापारमदर डेयरी प्रति लीटर दूध के दाम में कईले दो रुपये के...

मदर डेयरी प्रति लीटर दूध के दाम में कईले दो रुपये के वृद्धि

मदर डेयरी शुक्रवार के दूध के दाम में दो रुपये प्रति लीटर के वृद्धि कईले बा | कंपनी कहले कि पशुचारा के दाम बढ़ला के वजह से किसान से दूध के खरीद खातिर अधिक भुगतान करेके पड़ रहल बा | राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र में दूध के बिक्री करे वाली वाली प्रमुख कंपनी दो साल से ज्यादा समय के बाद दूध के दाम में वृद्धि कईले |

मदर डेयरी केवल पॉली पैक दूध के कीमत में ही वृद्धि कईले बा | टोकन के जरिये बेचे जाये वाले दूध के दाम में कउनो वृद्धि नाही कईले बा | कंपनी अपने बयान में कहले कि , “एक लीटर के पैक पर केवल एक रुपया अउर आधा लीटर के पैक पर 2 रुपया के बढ़ोतरी कईल गईल हवे | एह तरह से आधा लीटर के पैक पर एक रुपये के इजाफा होइ | ’’
नया दर के अनुसार, फुल क्रीम दूध के कीमत अब 52 रुपया के जगह 53 रुपये प्रति लीटर होइ , जबकि आधा लीटर वाले पैक के दाम 26 रुपये से बढ़के 27 रुपये हो जायी . फुल क्रीम (प्रीमियम) दूध 55 रुपये प्रति लीटर अउर आधा लीटर दूध 28 रुपये में बेचल जायी | टोंड मिल्क के दर के 41 रुपये से बढ़ाके 42 रुपये प्रति लीटर कईल गईल बा | आधा लीटर के पैक का दाम 21 रुपये से बढ़ाकर 22 रुपये कईल गईल बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments