Thursday, March 28, 2024
Homeराजनीतिनरेंद्र मोदी लिहले दूसरी बार प्रधानमंत्री पद के शपथ

नरेंद्र मोदी लिहले दूसरी बार प्रधानमंत्री पद के शपथ

नरेंद्र मोदी दूसरी बार प्रधानमंत्री बन गईले। बृहस्पतिवार के राष्ट्रपति भवन में भईल शपथ समारोह में मोदी समेत 58 मंत्री शपथ लिहले , ओहि 2014 में 46 मंत्री शपथ लिहले रहले । अमित शाह पहिली बार केंद्रीय मंत्री बन गईले। अमित शाह के मंत्री बनला के बाद जगतप्रकाश नड्डा के भाजपा अध्यक्ष बनौले के संभावना बढ़ गइल बाने । एह बार 25 कैबिनेट, 9 राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार अउर 24 राज्य मंत्री बनावल गईल बाने। 19 नए चेहरा अबकी बार मंत्री के पद दिहल गईल बा । उत्तर प्रदेश से सबसे ज्यादा 8 सांसद के मंत्री बनावल गईल । भाजपा के कई दिग्गज के एह बार मंत्री पद के मौका नाही दिहल गईल बा ओहमे सुषमा स्वराज, मेनका गांधी, राज्यवर्धन राठौर, महेश शर्मा अउर सुरेश प्रभु जइसन बड़ा चेहरा मंत्री मंडल में शामिल नाही कईल गईल बाने ।
पिछली बार के मंत्री मंडल में शामिल कुछ बड़े नेता के फिर से मंत्री मंडल में शामिल कईल गईल बा | संभावना इहे जतावल जात बाने कि जे पिछले मंत्रिमंडल में आपने काम से प्रभावित कईले रहल ओके मंत्री मंडल में शामिल गईल बा | कुछ प्रमुख लोगन के नाम एह प्रकार बा जेके अबकी बार मोदी के मंत्री मंडल में शामिल कईल गईल बा –
कुछ प्रमुख केंद्रीय मंत्री एह प्रकार बाने –
राजनाथ सिंह , अमित शाह , नितिन गडकरी , निर्मला सीतारमन , एस जयशंकर , स्मृति ईरानी , नरेंद्र तोमर , रविशंकर प्रसाद , पीयूष गोयल , धर्मेंद्र प्रधान ,       प्रकाशजावड़ेकर , रामविलास पासवान, सदानंद गौड़ा , रमेश पोखरियाल निशंक, प्रहलाद जोशी, हरसिमरत कौर बादल, थावर चंद गहलोत , डॉ. हर्षवर्धन , मुख्तार अब्बास नकवी , महेंद्र नाथ पांडेय , गजेंद्र सिंह शेखावत , गिरिराज सिंह

कुछ प्रमुख राज्यमंत्री –
अनुराग ठाकुर, नित्यानंद राय, फग्गन सिंह कुलस्ते , अश्विनी चौबे, अर्जुन राम मेघवाल, जनरल वीके सिंह, कृष्णपाल गुर्जर, दानवे रावसाहेब दादाराव, जी कृष्ण रेड्डी, पुरुषोत्तम रुपाला, रामदास अठावले, साध्वी निरंजन ज्योति, बाबुल सुप्रियो, संजीव बालियान, संजय धोत्रे, सुरेश अंगाड़ी चन्नबसप्पा, रतन लाल कटारिया, वी मुरलीधरन, रेणुका सिंह सरुता, सोम प्रकाश, रामेश्वर तेली, प्रताप चंद्र सारंगी, कैलाश चौधरी, देबोश्री चौधरी, राव इंद्रजीत सिंह |

कुछ प्रमुख स्वंत्र प्रभार मंत्री –
हरदीप पुरी, प्रह्लाद पटेल , संतोष गंगवार राज्यमंत्री, श्रीपद नाईक, डॉ. जितेंद्र सिंह, किरण रिजिजू, आरके सिंह, मनसुख मांडविया |

 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments