Thursday, April 25, 2024
Homeटेक्नोलॉजीसाइबर खतरा के लेके अमेरिका में राष्ट्रीय आपातकाल घोषित

साइबर खतरा के लेके अमेरिका में राष्ट्रीय आपातकाल घोषित

अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप अमेरिका में साइबर हमले के आशंका से अमेरिकी कंप्यूटर्स के बचावे के खातिर राष्ट्रीय आपातकाल घोषित कई दिहले बाने | ट्रंप आपातकाल लगाउले के पीछे कारण दिहले कि विदेशी ताकत अमेरिका के कम्यूनिकेशन सिस्टम के हैक करल चाहत बा |
ओहि , मीडिया रिपोर्ट्स पर यकीन कईल जा तब , ट्रंप के इ आदेश चीन के प्रमुख टेलीकॉम कंपनी हुआवे के खातिर बाने | अमेरिका इ मानता कि चीन हुआवे के उपकरण के उपयोग सर्विलांस के खातिर कई सकला | हालांकि, दुनिया के तीसरी सबसे बड़ी स्मार्टफोन निर्माता कंपनी हुवावे एह आरोप के खारिज कई दिहले बा | अमेरिका अउर चीन के बीच जारी ट्रेड वार केहू से छिपल ना बा | हुआवे कंपनी यूरोप में विस्तार के लेके काफी प्रयासरत हवे | एह स्थिति में अमेरिका के चिंता बनल बा कि कहीं इ कंपनी नाटो के सदस्य देश के प्राइवेट अउर व्यापारिक जानकारी के लाभ ना उठावे लगे |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments