Friday, April 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणअमरनाथ यात्रा खातिर ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन शुरू

अमरनाथ यात्रा खातिर ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन शुरू

अमरनाथजी के भक्त लोगन खातिर अमरनाथ यात्रा के ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन शुरू हो गईल बा | जम्मू एवं कश्मीर के राज्यपाल सत्यपाल मलिक 29 मई के एह साल के अमरनाथ यात्रा के लेके तीर्थयात्री के सुविधा खातिर ऑनलाइन पंजीकरण के शुरुआत कईले बाने . इ यात्रा एक जुलाई से प्रारम्भ होइ |
राज्यपाल श्री अमरनाथजी श्राइन बोर्ड के अध्यक्ष हवे जे कश्मीर घाटी के अनंतनाग जिला में अमरनाथ के वार्षिक तीर्थयात्रा के प्रबंधन करेले | एक बयान में कहले कि राज्यपाल यात्रीगण लोगन खातिर ऑनलाइन पंजीकरण शुरू हो गईल बा | ऑनलाइन पंजीकरण के सुविधा प्रतिदिन 500 इच्छुक तीर्थयात्री गण के होइ . इ दुनो मार्गों पहलगाम से 250 यात्रीगण अउर बालताल से 250 यात्रीगण के खातिर उपलब्ध होइ |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments