सेंट्रल बोर्ड ऑफ सेकेंडरी एजुकेशन (सीबीएसई) ने क्लास 12वीं परीक्षा के रिजल्ट घोषित कई दिहले बा | एक बार फिर लड़की लोगन अव्वल बानी | हंसिका शुक्ला अउर करिश्मा अरोड़ा संयुक्त रूप से पहिले स्थान पर काबिज बानी |
हंसिका शुक्ला पॉलिटिकल साइंस, हिस्ट्री, साइकोलॉजी और वोकल म्यूजिक विषय में 100 में 100 अंक मिलल बा जबकि अंग्रेजी में 100 में से 99 अंक मिलल बाने |
हंसिका बतवली कि उ अपने माता-पिता के साथ घर में ही रही के पढ़ायी करात रहे | उनकर मा उनके साइकॉलजी और पिता पॉलिटिकल साइंस पढ़ावत रहे | हंसिका शुक्ला फॉरेन सर्विस बनल चाहत बानी |
सीबीएस 12वीं के परीक्षा में एह बार कुल 83.4 फीसदी छात्र पास भईल बाने | क्षेत्र अनुसार 98.4 फीसदी छात्र सबसे अधिक त्रिवेंद्रम से पास बाने | चैन्नई क्षेत्र से 92.93 फीसदी के साथ एह बार दूसरे स्थान तथा 91.87 फीसदी के साथ दिल्ली रीजन तीसरे स्थान पर बा |