Home अपना प्रदेश चीनी मिल घोटाले में अब ED करि मनी लॉन्ड्रिग के जांच , मायावती के परेशानी बढ़ी

चीनी मिल घोटाले में अब ED करि मनी लॉन्ड्रिग के जांच , मायावती के परेशानी बढ़ी

2 second read
0
0
43
In the sugar mill scam, now the investigation of the money laundridge by ED, the trouble of Mayawati increased

चीनी मिल घोटाले में अब ED मनी लॉन्ड्रिग के जांच कईले के तईयारी शुरू कई दिहले बा जेसे बसपा सुप्रीमो मायावती के परेशानी बढ़ सकेला | लोकसभा चुनाव के बीच मायावती राज में बेचल  गईल  चीनी मिलन  के  केस अब प्रवर्तन निदेशालय की जांच के दायरे में भी आ गइल  बा  | साल 2010-11 में 21 चीनी मिल के गलत तरीका से बेचल  गईला के आरोप हवे |

एह मामला में अब प्रवर्तन निदेशालय (ED)  भी शिकंजा कसले के तैयारी कई लिहले बा | आरोप बा कि सरकार  एक कंपनी के फायदा पहुंचावे के खातिर फर्जी बैलेंस शीट और निवेश के फर्जी कागजात के आधार पर नीलामी में शामिल होवे के खातिर योग्य मान लिहले रहल अउर ज्यादातर चीनी मिल एह कंपनी के  कम दाम में बेच दिहल गईल |जे वक्त इ चीनी मिल नम्रता कंपनी के बेचल गईल ओह वक्त यूपी में बसपा के सरकार रहल और मायावती प्रदेश की मुख्यमंत्री रहली |

Load More Related Articles
Load More By Bhojpurilive
Load More In अपना प्रदेश

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

मदर डेयरी प्रति लीटर दूध के दाम में कईले दो रुपये के वृद्धि

मदर डेयरी शुक्रवार के दूध के दाम में दो रुपये प्रति लीटर के वृद्धि कईले बा | कंपनी कहले कि…