Thursday, April 25, 2024
Homeराजनीतिशपथ ग्रहण समारोह में ,बंगाल में राजनैतिक हिंसा में मारल गईल BJP...

शपथ ग्रहण समारोह में ,बंगाल में राजनैतिक हिंसा में मारल गईल BJP कार्यकर्ता के परिवार वालन के भी मिलल न्यौता

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कल के शपथ ग्रहण समारोह में शामिल होवे वाले देश-विदेश के तमाम दिग्गज हस्ती लोगन के लम्बी लिस्ट में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ने बंगाल में कथित तौर पर राजनैतिक हिंसा में मारल गईल 54 बीजेपी कार्यकर्ता के परिवार के शपथ ग्रहण में बुलवाल गईल बा |
प्रधानमंत्री खुद बीजेपी कार्यकर्ता के हत्या के जिक्र अपने भाषण में करत रहले . चुनाव में जीत के बाद सोमवार के ही जब प्रधानमंत्री मोदी पहिली बार वाराणसी पहुंचलें तब बंगाल में भईल हिंसा के जिक्र कईले रहले | शपथ ग्रहण समारोह में पश्चिम बंगाल की मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के भी न्यौता दिहल गईल बा | चुनाव प्रचार के दौरान पीएम मोदी अउर ममता बनर्जी एक दूसरे पर जमकर जुबानी तीर चलौले रहले |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments