Friday, April 19, 2024
Homeराजनीतिबाबा रामदेव कहले - फिर से बनी NDA के सरकार

बाबा रामदेव कहले – फिर से बनी NDA के सरकार

योग गुरु बाबा रामदेव एक बार फिर कहले कि लोकसभा चुनाव में एनडीए के पूर्ण बहुमत से जीत होइ अउर प्रधानमंत्री के कुर्सी पर नरेंद्र मोदी ही विराजमान होईहे | विपक्षी दल पर निशाना सधले कहले कि 23 मई के बाद देश के कुछ लोगन के राजनितिक स्वास्थ्य गिर जाई जेसे उनके स्वास्थ्य सम्बन्धी दिक्कत आ सकला जेसे उनके अनुलोम विलोम अउर कपालभाति के जरुरत पड़ सकला |

बाबा रामदेव ने पश्चिम बंगाल में अमित शाह के रोड शो में हिंसा-आगजनी के सवाल पर कहले कि अमित शाह के रोड शो पर हमला लोकतंत्र के अपमान हवे | ममता बनर्जी आपन आपा खो दिहले बानी . राजनीति में हिंसा के कउनो स्थान ना हवे |अभिनेता कमल हासन द्वारा नाथूराम गोडसे के पहिला हिन्दू आतंकी कहे गईला पर रामदेव हसन पर निशाना सधले कि कमल हसन अच्छे अभिनेता त हो सकेले लेकिन अच्छे नेता नाही . उनके नियत में कउनो खोट बा|

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments