Friday, March 29, 2024
Homeराजनीतिएग्जिट पोल में NDA के मिलल बहुमत, अबकी बार बढ़ी UPA के...

एग्जिट पोल में NDA के मिलल बहुमत, अबकी बार बढ़ी UPA के सीट

लोकसभा चुनाव 2019 के अंतिम चरण के वोटिंग रविवार के ख़त्म हो गईल | चुनाव ख़त्म भईला के बाद देश के प्रधानमंत्री के बनी इ सबसे बड़ा सवाल बाने | 8 चैनल के एग्जिट पोल के अनुसार NDA सरकार के बहुमत मिलत बा | मतलब एह बार भी नरेंद्र मोदी जी के प्रधानमंत्री बनले के आसार बाने |
टाइम्स नाउ के सर्वे के अनुसार एनडीए के 306 सीट मिल रहल बा | कांग्रेस के 132 सीट अउर अन्य के 104 सीट मिल रहल बा | आज तक के सर्वे में एनडीए के 352 सीट, कांग्रेस के 92 सीटें अउर अन्य के 82 सीट मिल रहल बा | इंडिया टीवी अपने सर्वे में 300 सीटें एनडीए के , कांग्रेस के 120 सीट अउर अन्य के 122 सीट मिल रहल बा | न्यूज़ 24- चाणक्या के सर्वे में एनडीए के 350 सीटें मिल रहल बा | कांग्रेस के 95 अउर अन्य के 97 सीट मिल रहल बा | फ़िलहाल एग्जिट पोल में NDA बहुमत में बा | फिर भी देश के प्रधानमंत्री के बनी आवे वाला 23 मई 2019 के पता चल जाई |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments