Thursday, April 25, 2024
Homeराजनीतिअमेठी के सीट गवौले राहुल गाँधी लेकिन वायनाड के सीट पर...

अमेठी के सीट गवौले राहुल गाँधी लेकिन वायनाड के सीट पर शानदार जीत , कांग्रेस सिमटल 52 सीट पर

लोकसभा चुनाव 2019 के मतगणना के बाद जहाँ NDA 350 सीट के साथ बहुमत बनौले ओहि कांग्रेस 52 सीट पर सिमट गईल | कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के गढ़ अमेठी में कड़ी टक्कर भईला के बाद स्मृति ईरानी जीत हासिल कईली अउर राहुल गाँधी के आपन गढ़ गवावे के पड़ गईल लेकिन वायनाड सीट पर चार लाख से ज्यादा वोटों के रिकॉर्ड अंतर से राहुल गाँधी जीत हासिल कईले |
उत्तर प्रदेश में गाँधी परिवार के गढ़ अमेठी सीट पर बीजेपी उम्मीदवार केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी 551,20 वोटों से जीत दर्ज कइलीं | स्मृति ईरानी के कुल 4,68,514 वोट मिलल जबकि कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के 4,13,394 वोट हासिल हासिल भईल | स्मृति ईरानी 55,120 वोटों से राहुल गांधी के हरौलीं |
पूरा देश में चलल पीएम मोदी के लहर के बाद बीजेपी 300 के आकंड़ा पार कई लिहले | ओहि कांग्रेस सिर्फ 52 सीटों पर ही सिमट गयिल | लोकसभा चुनाव में ख़राब प्रदर्शन के बाद कांग्रेस के मुसीबत अउर बढ़ सकेला | लेकिन बीजेपी केरल में आपन खाता भी नाही खोल पउले , जउन बीजेपी के खातिर चिंता के सबब बन सकेला |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments