Friday, April 19, 2024
Homeराजनीतिउपेंद्र कुशवाहा के विवादित बयान, कहले समर्थक से EVM बचावे ...

उपेंद्र कुशवाहा के विवादित बयान, कहले समर्थक से EVM बचावे के खातिर अगर हथियार भी उठावे के पड़े तब उठाले

राष्ट्रीय लोक समता पार्टी (RLSP) के अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा विवादित बयान दिहले बाने | अपने समर्थकन से कहले कि EVM के बचावे के खातिर अगर हथियार भी उठावे के पड़े तब हथियार भी उठा ल | उपेंद्र कुशवाहा कहले कि देश में पहले बूथ लूट के घटना होत रहल , लेकिन अब रिजल्ट लूटले के कोशिश कईल जात बा | कुशवाहा कहले कि जे तरीका से ईवीएम मशीन से लदल गाड़ी पकड़ईल हवे , एहसे जनता में आक्रोश बाने |
उपेंद्र कुशवाहा कहले कि ईवीएम से लदल गाड़ी पकड़इला से जनता में एतना
आक्रोश बा कि एके नियंत्रित कईल मुश्किल हो जाइ | एह घटना से लोगन में आक्रोश बढ़ रहल बा | एके संभालले के जिम्मेदारी राज्य सरकार, प्रशासन अउर भारत सरकार के हवे | लेकिन जब इहे लोग कर रहल हवे तब जनता चुप नाहीं बैठी , गठबंधन के कार्यकर्ता चुप नहीं बैठी , EVM के सुरक्षा के खातिर अगर हथियर बभी उठावे के पड़े तब उठा ल .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments