Saturday, April 20, 2024
Homeराजनीतिफरीदाबाद में वोटिंग के दौरान भईल गड़बडी , पोलिंग एजेंट के वीडियो...

फरीदाबाद में वोटिंग के दौरान भईल गड़बडी , पोलिंग एजेंट के वीडियो वायरल

हरियाणा के फरीदाबाद के असावटी गांव में एक मतदान केंद्र पर पोलिंग एजेंट के वीडियो वायरल भईल बा। एहमे उ खुदे मतदान के दौरान तीन-चार बार ईवीएम में खुद बटन दबउले के कोशिश करत दिखाई देत बाने।
आरोपी एजेंट कम से कम तीन औरत के प्रभावित कईले के कोशिश कईले बाने। वायरल वीडियो में भी दिखाई देत बा कि पोलिंग एजेंट पहिले मौके के तलाश में रहल । जईसे ही महिला वोट करे के खातिर जाली तब उहो उनके पीछे-पीछे वोटिंग मशीन तक पहुंच जात बा । इहाँ  उ अंदर ईवीएम में इशारा करेला अउर वापस आके सीट पर बैठ जाला । इही तरह से उ तीन महिला लोगिन के मतदान के समय वोटिंग मशीन के पास पहुंच जात बा ।

घटना सामने अईला के बाद पोलिंग एजेंट के खिलाफ एफआईआर दर्ज कइके ओके गिरफ्तार कई लिहल गईल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments