Friday, March 29, 2024
Homeराजनीतिराहुल के मनावे के खातिर गइलीन प्रियंका गाँधी

राहुल के मनावे के खातिर गइलीन प्रियंका गाँधी

लोकसभा चुनाव में हार के बाद कांग्रेस में हलचल मच गईल बा | कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी अध्यक्ष पद से इस्तीफा देवे के खातिर अपने बात पर अड़ गईल बाने तब पार्टी के नेता उनके मनावे के खातिर आवास पर जात बाने | आज( मंगलवार ) सुबह से ही को राहुल के आवास पर मिले के संख्या बढ़त चल जाट बा | प्रियंका गांधी, अशोक गहलोत , अहमद पटेल, सचिन पायलट समेत कई दिग्गज नेता उनसे उनके मनावे खातिर जात बाने | लोकसभा चुनाव में करारी हर मिलला के बाद मात्र 52 सीटों पर सिमटे वाली कांग्रेस पार्टी में कई प्रदेश अध्यक्ष अपना इस्तीफा सौंप चुकल बाने |
मिलल जानकारी के अनुसार मंगलवार के आवास पर भईल बैठक में कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी पार्टी के एक दिग्गज नेता से कहले कि आप लोग एक महीना में अध्यक्ष पद खातिर कउनो और विकल्प खोजलीं | उ कहले कि हम पद छोड़े के खातिर मन बना चुकल बानी | राहुल गाँधी कहले कि प्रियंका गाँधी के अध्यक्ष पद से दूर आप लोग राखब | बाकि चुनाव में हम पार्टी के मजबूत करे के खातिर काम करत रहब |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments