Thursday, March 28, 2024
Homeराजनीतिराहुल गांधी दिहलें कांग्रेस अध्यक्ष पद से इस्तीफा, पार्टी जल्द चुनी...

राहुल गांधी दिहलें कांग्रेस अध्यक्ष पद से इस्तीफा, पार्टी जल्द चुनी नया अध्यक्ष

लोकसभा चुनाव के बाद से आपन  इस्तीफा  के  लेकर एक महीना  से बनल  असमंजस के ख़तम कइके राहुल  गांधी  बुधवार के कांग्रेस अध्यक्ष पद से त्याग पत्र दे देहलें और कहले कि  ‘भविष्य के विकास’ के लिए उ  इ  कदम उठैले बाने ।

कांग्रेस पार्टी के भविष्य के  फैसला पार्टी की शीर्ष निर्णय इकाई कांग्रेस कार्यकारी समिति की बैठक में होई । अगले सप्ताह की शुरू में बैठक होवे  के संभावना बा ।

कांग्रेस अध्यक्ष के पद के दौड़ में  पार्टी के वरिष्ठ नेता सुशील कुमार शिंदे, मल्लिकार्जुन खड़गे, अशोक गहलोत और मोतीलाल वोरा के नाम चलत बा लेकिन इ पर  सीडब्ल्यूसी की मीटिग के बादे कउनो  निर्णय लिहल जाई ।

कांग्रेस के एगो नेता कहने कि  गांधी परिवार के नेतृत्व में ही पार्टी एकजुट रह सकेली और परिवार के बाहर के  कउनो आदमी अगर  पार्टी के नेतृत्व करी त  ऐसे असहमति बढी। लोकसभा चुनाव के  हार की नैतिक जिम्मेदारी लिहले के बाद राहुल  गांधी कांग्रेस कार्य समिति (सीडब्ल्यूसी) के  इ  सुझाव भी दिहले कि नवका अध्यक्ष चुने के खातिर  एगो  समूह गठित करल  जाए काहें कि  उनका खातिर इ सही ना बा कि उ  इस प्रक्रिया में शामिल होवें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments