Saturday, April 20, 2024
Homeस्पोर्ट्सवर्ल्डकप से पहिले भारत के पहिला अभ्यास मैच आज न्यूजीलैंड से

वर्ल्डकप से पहिले भारत के पहिला अभ्यास मैच आज न्यूजीलैंड से

वर्ल्डकप 2019 एह महीना के अंत से इंग्लैंड अउर वेल्स में शुरू होवे वाला बा | आज भारत के पहिला अभ्यास मैच न्यूजीलैंड से होइ दुनो टीम केतना पसीना वर्ल्डकप खातिर बहाउले बाने आज पता चल जाई | इ अभ्यास मैच दुनो टीम के खातिर अपने तैयारी के परखे के खातिर अच्छा मौका होइ | मुख्य मैच के शुरुआत से पहिले अभ्यास मैच भईला से दुनो टीम के इंग्लैंड के परिस्थिती में ढलले में भी मदद मिली |
इ मैच केनिंग्टन ओवल मैदान पर खेलल जाई | इस अनौपचारिक मैच के लाइव प्रसारण स्टार नेटवर्क पर होइ | इ मुकाबला भारतीय समय के अनुसार दिन में 3.00 बजे शुरू होइ | टीम इंडिया के आपन दूसरा अभ्यास मैच मंगलवार के बांग्लादेश के खिलाफ खेले के बा | 30 मई से वर्ल्ड कप के शुरुआत होइ |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments