Thursday, April 25, 2024
Homeटेक्नोलॉजीवीवो लांच करी आपन पंचहोल डिस्प्ले वाला नया स्मार्टफ़ोन

वीवो लांच करी आपन पंचहोल डिस्प्ले वाला नया स्मार्टफ़ोन

चीनी स्मार्टफोन कंपनी वीवो आज आपन पंचहोल डिस्प्ले वाला पहिला स्मार्टफोन वीवो Z5x लॉन्च करे वाला हवे। एह फोन के पहिले चीन में लॉन्च कईल जाई। लॉन्चिंग कार्यक्रम के प्रसारण भारत में भी कईल जाई । ग्राहक एके Weibo अउर वीवो के ऑफिशियल वेबसाइट पर शाम 5 बजे से देख पइहें | अइसन मानल जात बा कि एकर दाम पाहिले के अपेक्षा सस्ता रही । जेड सीरीज में Z3, Z3x, Z1 यूथ एडिशन, Z3i स्टैंडर्ड एडिशन, Z3i, और Z1i फोन पहिले ही से लॉन्च भईल बाने ।

वीवो Z5x में पंचहोल डिस्प्ले के साथ 5,000mAh के दमदार बैटरी भी मिली । इ मोबाइल 18W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करी । एकर डिस्प्ले 6-इंच से बड़ी और फुल HD+ होइ । इ 1080×2340 पिक्सल रेजोल्यूशन सपोर्ट के साथ आयी। फोन फुल स्क्रीन डिस्प्ले मिली | एहमे फ्रंट फ्लैश नाहीं मिली कैमरा राइट साइड में रही | फोन में क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 710 ऑक्टा-कोर प्रोसेसर मिली , जउन 8GB रैम से लैस रही । फोन में एंड्रॉयड 9.0 पाई ऑपरेटिंग सिस्टम दिहल जा सकला |

 

 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments