Saturday, April 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणसरकार के लागल बड़ा झटका , 13 हजार करोड़ PNB घोटाले में...

सरकार के लागल बड़ा झटका , 13 हजार करोड़ PNB घोटाले में आरोपी मेहुल चोकसी के गिरफ्तार कईला से एंटीगुआ प्रशासन के इनकार

लोकसभा चुनाव अभिन समाप्त ना भईल बा और केंद्र सरकार के मुसीबत बढ़ल जात बा | पंजाब नेशनल बैंक घोटाला के मामले में केंद्र सरकार के बड़ा झटका लागल बा | 13 हजार करोड़ PNB घोटाले में आरोपी मेहुल चोकसी के गिरफ्तार कईला से एंटीगुआ प्रशासन मना कई दिहले बा | मेहुल चोकसी अउर ओकर भांजा नीरव मोदी भारत से फरार होके एंटीगुआ में रह रहल बाने |
भारतीय जांच एजेंसी इंटरपोल से रिपोर्ट मांगले रहल , जेहपर एंटीगुआ के निदेशक पब्लिक प्रासीक्यूशन इंटरपोल के लिखित में सूचना दिहले हवे | इंटरपोल के रिपोर्ट में कहल गईल बा कि एंटीगुआ प्रशासन मेहुल चोकसी अउर ओकर भांजा नीरव मोदी के गिरफ्तार कईला से साफ इनकार कई दिहले बा |
चुनाव में विपक्षी पार्टी PNB घोटाला के मुद्दा बना के केंद्र और बीजेपी सरकार के घेरले में जुटल बा | जहा भी कांग्रेस , आप रैली करत बाने वहाँ पर PNB घोटाला के जिक्र जरूर करत बाने |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments