Friday, April 19, 2024
Homeराजनीतिएग्जिट पोल्स के बाद EVM पर विपक्ष के सवाल ,...

एग्जिट पोल्स के बाद EVM पर विपक्ष के सवाल , सब आरोपन के चुनाव आयोग कईले ख़ारिज

एग्जिट पोल्स के बाद EVM पर विपक्ष बवाल कईले बा | चुनाव आयोग के तरफ से हर घटना पर अलग जवाब जारी कईले बाने | यूपी के गाजीपुर में ईवीएम के गड़बड़ी के लेके चुनाव आयोग एह घटना के सुलझा लिहले बा | विपक्ष उत्तरप्रदेश के गाजीपुर में ईवीएम के लेके सवाल कईले रहले |
वहीं चुनाव आयोग ने विपक्षी दल के दावा के खारिज कई दिहले | चुनाव आयोग कहले कि , ”गाजीपुर, चंदौली और झांसी में ईवीएम के लेके जउन आरोप लगावल गईल बाने उ सही नाहीं बाने | जउन ईवीएम के मतदान में इस्तेमाल भईल बाने उ पूरी तरह से सुरक्षित बाने “|

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी ट्वीट कई के कहली कि देशभर में स्ट्रॉन्ग रूम के आसपास ईवीएम के बरामदगी हो हो रहल बा | ट्रक अउर निजी वाहन में ईवीएम पकड़ल जा रहल बानी . ई कहां से आ रहल बानी , कहां जा रहल बानी ? कब, काहे , के और कऊने खातिर ले जा रहल बाने ? का ई पूर्व निर्धारित प्रक्रिया के हिस्सा हवे ? चुनाव आयोग के जल्दी से इके स्पष्ट करे के चाही .”

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments