वर्ल्डकप 2019 एह महीना के अंत से इंग्लैंड अउर वेल्स में शुरू होवे वाला बा | आज भारत के पहिला अभ्यास मैच न्यूजीलैंड से होइ दुनो टीम केतना पसीना वर्ल्डकप खातिर बहाउले बाने आज पता चल जाई | इ अभ्यास मैच दुनो टीम के खातिर अपने तैयारी के परखे के खातिर अच्छा मौका होइ | मुख्य मैच के शुरुआत से पहिले अभ्यास मैच भईला से दुनो टीम के इंग्लैंड के परिस्थिती में ढलले में भी मदद मिली |
इ मैच केनिंग्टन ओवल मैदान पर खेलल जाई | इस अनौपचारिक मैच के लाइव प्रसारण स्टार नेटवर्क पर होइ | इ मुकाबला भारतीय समय के अनुसार दिन में 3.00 बजे शुरू होइ | टीम इंडिया के आपन दूसरा अभ्यास मैच मंगलवार के बांग्लादेश के खिलाफ खेले के बा | 30 मई से वर्ल्ड कप के शुरुआत होइ |