Friday, March 29, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकुलगाम एनकाउंटर में 2 आतंकी भईले ढेर, अभिन भी तलाशी अभियान जारी...

कुलगाम एनकाउंटर में 2 आतंकी भईले ढेर, अभिन भी तलाशी अभियान जारी बा

जम्मू कश्मीर के कुलगाम में आतंकी लोगन से भईल मुठभेड़ में सुरक्षाबल 2 आतंकी के मार गिरौले | एह इलाके में अउर आतंकी छिपले के आसार बा | गोपालपुरा इलाके में अभिन भी एनकाउंटर जारी बा | मारल गईल दुनो आतंकी में से एक हिजबुल मुजाहिदीन (एचएम) के बतावल जा रहल बा |
बतावल जा रहल बा कि आतंकवादी के मौजूदगी के सूचना मिलले के बाद सुरक्षा बल कुलगाम जिला के गोपालपोरा गांव में घेराव कइके तलाशी अभियान शुरू कई दिहले | घेराबंदी के बाद आतंकी गोली चलावल शुरू कई दिहले जेकरे बाद सुरक्षाबल जवाबी कारवाई शुरू कई दिहले |
एसे पहिले कल जम्मू-कश्मीर के पुलवामा जिला में आतंकि सुरक्षा बल पर एक ग्रेनेड फेंकले लेकिन हमला में केहू घायल ना भईल | एक पुलिस अधिकारी बतौले कि आतंकी पुलवामा चौक पर भारतीय स्टेट बैंक के शाखा के पास तैनात सुरक्षा कर्मी के ओर ग्रेनेड फेकले | लेकिन ग्रेनेड सड़क किनारे फटल | अधिकारी बतौले कि विस्फोट में केहू के घायल भईला के खबर ना बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments