Thursday, April 25, 2024
Homeमनोरंजनभोजपुरी सिनेमाविवेक ओबेरॉय ममता बनर्जी के कईले सद्दाम हुसैन से तुलना

विवेक ओबेरॉय ममता बनर्जी के कईले सद्दाम हुसैन से तुलना

पश्चिम बंगाल में हिंसा अउर राजनीति के लेके फिल्म अभिनेता विवेक ओबेरॉय ट्विटर पर पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी पर निशाना सधले । विवेक अपने ट्वीट में ममता के तुलना इराक के तानाशाह सद्दाम हुसैन से कईले बाने। विवेक लिखले कि – हमके समझ में ना आ रहल बा कि दीदी जइसन सम्मानीय महिला, सद्दाम हुसैन के तरह  से व्यवहार काहे कर रहल बानी ? डिक्टेटर दीदी के वजह से लोकतंत्र खतरे में बा । पहिले प्रियंका शर्मा अउर अब तेजिंदर बग्गा, अब दादागीरी नाहीं चली।

विवेक ओबेरॉय कमल हसन पर भी ट्वीट कईले ,” प्रिय कमल सर, आप बहुत अच्छा कलाकार बानी । लेकिन कला के कउनो धर्म ना होला । ठीक ओईसे आतंकवाद के भी कउनो धर्म ना होला। आप कही सकीले कि गोडसे आतंकवादी रहले , लेकिन आप हिंदू शब्द के प्रयोग काहे कईली ? एकरे खातिर कि आप मुस्लिम बहुल इलाका में वोट हासिल कईले के कोशिश करत रहली ?’

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments