Tuesday, April 23, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणचार हफ्ता में शुरू होई विश्व युद्ध! रूसी सैन्य विश्वलेषक देले चेतावनी

चार हफ्ता में शुरू होई विश्व युद्ध! रूसी सैन्य विश्वलेषक देले चेतावनी

कोरोना महामारी के मार के बीच अब विश्व युद्ध (World war) के खतरा मंडरा रहल बा। रूस के सैन्य विश्लेषकों चेतावनी देले बाने कि अगले चार हफ्तों में दुनिया विश्व युद्ध (World war) के गवाह बनी। कोरोना संकट के बीच अगर विश्व युद्ध छिड़ल, त एकरे परिणाम के बारे में सोचके ही लोगोंन के रूह कांप रहल बा।

रूस-यूक्रेन सीमा पर बढ़त तनाव से विश्व युद्ध के आशंका गहरा गईल बा। सैन्य विशेषज्ञ चेतावनी देले बाने कि यदि हालात ना सुधरल, त एक महीने के भीतर दुनिया के कोरोना संकट के बीच भीषण युद्ध क सामना करे के पड़ सकेला। रूस तनाव बढ़ते देख हाल ही में विवादित सीमा पर आउन 4,000 सैनिक भेजा देले बा। रूसी सेना के इ हलचल से यूरोप हाई अलर्ट के मोड पर आ गयल बा। जेकरे बाद विश्व युद्ध (World war के खतरा भी मंडराए लगल बा।

DRDO gives permission to private sector to develop missile systemघरेलू रक्षा उद्योग के बढ़ावा देबे के तैयारी: डीआरडीओ निजी क्षेत्र के देलस मिसाइल सिस्टम विकसित करे के अनुमति

अगले कुछ हफ्तों में छिड़ सकेला युद्ध!
एक मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, स्वतंत्र रूसी सैन्य विश्लेषक पावेल फेलगेनहर के कहना बा कि जउने तरह के हालात बा, ओके देख के ई कहल गलत नाहीं होई कि अगले कुछ हफ्तों में यूरोपीय या विश्व युद्ध जईसन बड़ा खतरा सामने आवे वाला बा। पावेल फेलगेनहर के कहना बा कि खतरा बढ़ रहल बा अउर तेजी से बढ़ रहल बा। मीडिया में भले ही ए बारे में ज्यादा बात न हो रहल बा। 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments