Saturday, April 20, 2024
Homeव्यापारजेट एयरवेज़ बंद कइलस आपन उड़ान

जेट एयरवेज़ बंद कइलस आपन उड़ान

जेट एयरवेज के पायलटन ने कंपनी के बचावे ख़ातिन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से अपील कइले बाने । जेट के पायलट लोगन ने प्रधानमंत्री से 20,000 नौकरी बचावे में मदद के अनुरोध कइले बाने । एकरे साथ ही साथ जेट के पायलट लोगन विमानन कंपनी के बचावे के ख़ातिन भारतीय स्टेट बैंक (SBI) से भी मदद मँगले बाने । उ लोगन एसबीआई से 1,500 करोड़ रुपये का फंड जारी कइला के अपील कइले बाने ।

इंडस्ट्री सूत्रों के मुताबिक बजट एयरलाइन के ख़ातिन मशहूर स्पाइसजेस जेट पायलटन के 25-30 फीसदी कम और इंजीनियरन के 50 फीसदी तक कम वेतन में नौकरी का प्रस्ताव दे रहल बाने । एक वरिष्ठ एयरक्राफ्ट मेंटीनेंस इंजीनियर के स्पाइसजेट ने 1.5-2 लाख रुपये प्रतिमाह सैलेरी ऑफर कईले बाने , जेकरा के जेट चार लाख रुपये प्रतिमाह देत रहल हउवे । इ मानल जाता कि जेट के औसत तनख्वाह दूसरी एयरलाइन के मुकाबलन में ज्यादा रहला । उधर, स्पाइसजेट के कहनाम बा कि उ अपने कर्मचारी लोगन के सैलरी ढांचे के हिसाब से ऑफर दे रहल बाने ।

जेट एयरवेज ने एविएशन रेगुलेटर के बतउले बने कि कंपनी, एशियन (ASEAN) और सार्क (SAARC) जाये वाली सब उड़ानन पर बुकिंग बंद कई दिहले बा । फिलहाल इ बातन के कउनो जानकारी नाइ बा कि इ उड़ानन पर बुकिंग कब से शुरू होई ।

जेट एयरवेज के 20 हजार कर्मचारियन के करीब चार माह से सैलरी नइखे मिलल बा । ए वजह से उनके ख़ातिन उनका घर का खर्चा चलावल भी मुश्किल हो गइल बाने । लइका लोगन के स्कूल फीस से ले के लोन की ईएमआई भरला में भी दिक्कतन के सामना करत बाने । वोहीं दूसरे ओर परिवार के बीमार सदस्यन के इलाज करावे ख़ातिन भी पईसा ना बचल बाने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments