Wednesday, April 24, 2024
Homeटेक्नोलॉजीशाओमी लॉन्च कईले K20 अउर K20 प्रो स्मार्टफोन

शाओमी लॉन्च कईले K20 अउर K20 प्रो स्मार्टफोन

चाइनीज मोबाइल मेकर शाओमी आपन नई K सीरीज के दो स्मार्टफोन K20 अउर K20 प्रो लॉन्च कईले हवे जउन वन प्लस के टक्कर दे सकेले | एहमे 48 मेगा पिक्सेल के कैमरा के साथ साथ स्मार्टफोन्स में 4000mAh के बैटरी दिहल गईल बा | हालांकि शाओमी दुनों ही स्मार्टफोन के अभीन चीन में लॉन्च कईले हवे |
रेडमी K20 स्मार्टफोन में 6.39 इंच के फुल एचडी प्लस एमोलेड डिस्प्ले दिहल गेल हवे | शाओमी अपने K सीरीज के दूनों ही स्मार्टफोन्स में पॉप अप सेल्फी फीचर के केले बा | स्मार्टफोन के 6GB रैम 64GB स्टोरेज अउर 6GB रैम 128GB स्टोरेज वेरिएंट लॉन्च कईल गईल हवे | स्मार्टफोन में यूएसबी C टाइप के साथ 27w के फास्ट चार्जर दिहल गईल बा |
K20 के तरह से ही K20 प्रो स्मार्टफोन में भी 6.39 इंच का फुल एचडी प्लस एमोलेड डिस्प्ले दिहल गइल बा | K20 प्रो स्मार्टफोन में क्वॉलकॉम स्नैपड्रैगन 855 प्रोसेसर के इस्तेमाल कईल गईल बा | K20 प्रो स्मार्टफोन के भी 6GB रैम अउर 128GB स्टोरेज, 8GB रैम 256GB स्टोरेज वेरिएंट लॉन्च कईल गईल हवे | दुनों स्मार्टफोन्स में कैमरा के फ्रंट पर कउनो अंतर नाहीं बा . स्मार्टफोन में 48 मेगापिक्सल का मैन रियर सेंसर हवे , जबकि 8 मेगापिक्सल अउर 13 मेगापिक्सल के 2 अउर सेंसर दिहल गईल बाने | दुनो स्मार्टफोन्स में 20 मेगापिक्सल के पॉप अप सेल्फी कैमरा दिहल गईल बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments