न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली
भारत के कड़ा विरोध के बाद पूर्वी लद्दाख की सीमा के तीन प्वाइंट्स पर पैदा भइल गतिरोध के सुलझावे खातिर भारत और चाइना राजी हो गइल बाने . ओकरा बाद बुधवार के चीनी सैनिक वापस जाए लागल बाने . ताजा खबर के मुताबिक, अब चीनी सैनिक गलवान वैली, पेट्रोल प्वाइंट 14, 15 और 17A और पैंगॉन्ग त्सो- फिंगर 4 से पीछे हट गइल बाने . सूत्रन के मानल जा त सगरो 3 इलाकन में चीनी सैनिक 500 मीटर पीछे चल गइल बाने . गलवान वैली के पेट्रोल प्वाइंट 14 में, चीनी सैनिकन के एलएसी (LAC) के चीनी हिस्से पर 20 किमी तक वापस जात देखल गइल बा .
भारत सतर्कता से एलएसी (LAC) पर चीनके हरकत पे नजर बनइले बा और समय-समय पर जमीनी हालात का जायजा भी लेवत रहत बा . सोमवार के भारत-चीन के कोर कमांडरन के बैठक मोल्डो इलाके में 11 घंटे तक चलल. बैठक में दुनू देशन के बीच पीछे हटे पर आम राजी बनल . .
6 जून को दोनों देशों के बीच सेनाओं को पीछे हटाने के मुद्दे पर बैठक भइल रहल . और 15 जून के भारत और चीनी सैनिकन के बीच लद्दाख सीमा पर हिंसक झड़प भइल रहल जेमे 20 सैनिक और 1 बिहार रेजिमेंट के कर्नल शहीद भइल रहने . इस संघर्ष में चीन केभी काफी सैनिक हताहत भइल रहने . लद्दाख में फेसऑफ के बाद स्थिति के बहाल करे खातिर दोनों देशों के बीच 1 जून से करीब 8 बार सैन्य वार्ता हो चुकल बा .
.